टूँ टूँ टूँ टूँ टूँ (Tu Tu Tu - Bhojpuri Short Story)
अपनी रचनायें भेजें: half.script.hindi@gmail.com

टूँ टूँ टूँ टूँ टूँ (Tu Tu Tu - Bhojpuri Short Story)

ट्रेन के एसी डिब्बवा मा टूँ टूँ  टूँ टूँ, के आवाज आवत रहे। 

2023 मुम्बई काशी एक्सप्रेस में इहै मई क 20 तारीख के एगो परिवार क दू महिला, एक पुरुष तथा तीन गो छोट बच्चा लोग ऐसी डिब्बा मा सवार भइलें... एसी डिब्बा, जहां दरबान मौजूद रहै, ताकि बिना टिकट तथा बिना अनुमति के केहू अंदर न जा सके। फिर भी, गंदी सफेद शर्ट पहिने एगो आदमी मेटल डिटेक्टर जैसै कुछ एहर ओहर घुमावत रहै। हां, ऊं मेटल डिटेक्टरै रहल होई...

अरे ऊहै जवना लगावै से लोहा, सोनवा आदि के पता लगेला...

रात के 2 बजे एही एसी डिब्बवा के केबिनवा में दुर्गंध फैल गईल। जेकरा के दुर्गन्ध बुरा लगल, ऊं मुहे पर चदरा डाल के सुत गईल। हम बिहोस!

सुबह बनारस पहुंचिके कार घरे से आइबे करल रहे लेवे बदे। जब घरे पहुंचलें सभे, त जेवरात अउर दू लाख गायब। महिला त केतना बार बेहोस भईंलीं, दवा से इलाज भईल, जान देवे से का मिले वाला रहे... समझावल गईल!

अउर का हो सकत रहे? किन्तु, भइया - बहिनी, बिटिया - ई मेटल डिटेक्टरवा न केवल पुलिसै के लगै ना रहैला, बल्कि चोरवो कुल रखैलन। ध्यान से टूं टूं टूं, टूं टूं टूं की आवाज आवै त सजग होइए जा।

 (सच्ची कहानी - हम सभे से कहे क मतलब ई बा कि हुसियार रहा कम समान लेके यात्रा करै के चाही।)

... ...

    अपने चैनल के लिए इस कहानी (और ऐसी ही कहानियों) पर शार्ट फिल्म बनाने के लिए @HalfScript टीम से संपर्क करें.

    लेखक: डॉ. आफताब मुजाहिद 'आजमी'
    अपडेट: 26 जुलाई 2023, 21:31

    अपने YouTube चैनल के लिए एक Free Sample Script मंगाने हेतु यहाँ Click करें...

    Script Title & Keywords

    Credits-Section: pexels.com

    Previous Post Next Post
    Your Advertisement can come here!