“दीपा”- भोजपुरी कहानी (Deepa - Bhojpuri Short Story)
अपनी रचनायें भेजें: half.script.hindi@gmail.com

“दीपा”- भोजपुरी कहानी (Deepa - Bhojpuri Short Story)


चइत क घाम में साइकिल चलावत दीपा स्कूल से घरे चहुँपल त, पियास क मारे मुँह झुरा गइल रहे। तेज हवा रहे त... बाकिर लूह लेखा गरम ना रहे, लेकिन हवा के उलटने साइकिल खिंचल एतना आसान न होखेला, लेकिन येही दुपहरी में दीपा साइकिल चलावत घरे पहुँचली, अउर साइकिल दुआरी पर ठाड़ा कईके जल्दी से एक ही सांस में दुई गिलास पानी पीके घर में घुसली त दुगो नया परानी के देखिके दुआरी पर ठिठक गईली।

कुछ देर टुकुर-टुकुर देखला के बाद ओकरा के जोर के झटका लागल, अरे बाप रे, “ई त ‘हमार आजी’ हई!

बाकिर ई सँगवा एगो मुस्टंडा बा, ई के ह....नईखे पता चलतs .....?  

दीपा अपनी आजी के देखिके बड़ी खुश भईली अउर जाके अपनी आजी के गले लगा लिहली। येपर उन कर आजी उन पर बड़ी खुश भ गईली, अउर दीपा से उन कर पढाई -लिखाई के बारे में पूछे लगली।

जब आजी के बारे में सच्चाई पता चलल कि ऊ बाबा क साथे अच्छा नईखी कइले, जेकरा वजह से दीपा अपनी आजी से दूर रहे लगली। दीपा के बड़की बहिन दीपा के कगरी ले जा के बतवली कि जवन आजी कईली, ओकरा बाद त देखsहूँ खातिर ऊ गोड़ ना छुवलस। 

ईहे साधु बाबा हवन जिनका साथे आजी घर-दुआर छोड़ के तीरथ प चल गइल रहली, अउर एतना दिन बाद आइल बाली।
एतना सुनते दीपवा क भूख-पियास उड़ गईल, अउर उ बाहर आके बिना कुछ सोचले-समझले बहरा निकल गइलस।

दिमाग में सनसनाहट रहे कि बाबा के छोड़ के चल गईल रहली, त अब काहे खातिर आइल बाड़ी? महीना भर से बेसी खटिया पर पड़ल बाबा क कपार में पिलुआ पड़ गईल रहलन स। दीपवा जब गाँवे जाए त चाचा के सङ्गे-सङ्गे उन कर दवाई आ मलहम-पट्टी करे में मदत करे। एकदम रिष्ट-पुष्ट बाबा बुढापा में आजी के गइले हो हीन हो गईलन, अउर जल्दी केहू से खुलके बात ना कर पावें। जवन बाबा क कान्ही प दीपवा आ ओकर भाई रामलीला देखे जा सन, ओहि बाबा क ई दुर्दसा? अपने बाबा के ई दुर्दसा देखी के दीपवा कबो-कबो रो देत रहे।

दीपवा अपने मने में सोचे लागल कि आहि रे ! बिधाता कवन दिन देखावे...

  1. आखिर, परिवार में आजी - बाबा के का कहानी रहे?
  2. कवन परिस्थिति में आजी, बाबा के छोड़ के तिरिथ गईल रहली?
  3. दीपा के किशोर-मन ए परिस्थिति के आखिर कईसे हैंडल करी?

    (क्रमशः )...... आगे .......

    लेखक: प्रभाकर सिंह 'मयंक'
    अपडेट: 17 जुलाई 2023, 10:06

    इन सभी सवालों के जवाब पाने और अपने चैनल के लिए इस कहानी पर शार्ट फिल्म बनाने के लिए @HalfScript टीम से संपर्क करें.


    यह भी पढ़ें 👉: यूट्यूब चैनल चलाने के लिए 'महत्वपूर्ण संसाधन' (Checklist: Important Resources for YouTube Channel)

    अपने YouTube चैनल के लिए एक Free Sample Script मंगाने हेतु यहाँ Click करें...

    Script Title: Deepa - Bhojpuri Short Story

    You want a Sample Script for your YouTube Channel? Mail us with proper details at: half.script.hindi@gmail.com | or Click to Whatsapp us for a quick message! | We wrote for different industries, Click to Check...

    क्या आप एक लेखक हैं? (किसी भी विधा में...) - Are You a Writer?

    Previous Post Next Post
    Your Advertisement can come here!