स्त्री से डायन तक का दर्दनाक सफर
अपनी रचनायें भेजें: half.script.hindi@gmail.com

स्त्री से डायन तक का दर्दनाक सफर



रात के एक बजत रहे विशाल रास्ता में पड़े वाली काली नदी पार करत रहे

दुर-दुर तक अन्धेरा लऊकत रहल

एक गहरा सन्नाटा काली नदी के घेर के रखले रहल, आऊर नदी के ऊपर बादल मडंरात रहे जेके देख के अईसन लागत रहल की कवनो भी पल बरस जाई। 

नदी में घुटना तक पानी रहल जवन धीमा रफ्तार के साथ बहत रहल। 

विशाल के एक हाथ में मोबाइल के टार्च आऊर दूसरे हाथ में साईकिल के ह‌‌नडिल रहे। 

विशाल पैदल पैदल मोबाइल के रोशनी के साहारे नदी पार करत रहे

तबे ओकर मोबाइल बाजे लागल। 

विशाल फोन उठा के कहलस

हां, रूपा बोल 

मोबाइल के अंदर से औरत क आवाज सुनाई देहलस,

कहां तक पहुंचली जी आप ?

काली नदी तक पहुंची गईल बानी रूपा, बस ई काली नदी पार करते ही घरे पहुंच जाईब। 

काली नदी के नाम सुनते ही रूपा घबरा के कहलस का कहली जी काली नदी पार कर रहल बानी ?

हाँ तोहके त पता बा की बुआ के गांव से अपने गांव आईले क एके रास्ता बा, ऊहो नदी पार कर के आवे के पड़ेला। 

रूपा कहलस तोहके एतना रात में वापस ना आवे के चाहत रहल। 

बुआ के घरे रुक जाए के चाहत रहे, तोहके पता बा न नदी के पास ऊ घुमेले!

विशाल हैरानी से पूछलस

ऊ घुमेले मतलब? 

तोहके पता बा माई कहले रहली की नदी पार करत के समय ओकर नाम ना लेवे के चाही, वरना ऊ सच में आ जाले। 

रुपा तुहू ना कहा माई के बात में आ गईलू, लगता तोहके भी माई स्त्री डायन के कहानी!

विशाल आपन बात पूरा करत ओसे पहिले रूपा घबरात के कहली च__च__च__चुप होजायीं जी

हे समय माई हमरे पति क रक्षा करिहा, 

आऊर अनजाने में उनसे जवन भी गलती भईल होई ओकर खातिर माफ कर दीहा अब ई दुबारा ओकर नाम ना लिहे। 


विशाल हसत कहले का रूपा तुहु न ई स्त्री डायन वायन कुछ ना होखेली समझलू, 

ई बस मनगढ़ंत बात ह जवन गांव के लोग फईलऊले बाटे। 

आऊर कुछ नाही। 

तू ना मनेला त मत माना हम त मानी ला न तू न जल्दी से आजा बस

हा, रूपा आवत बानी बस ई नदी त पार कर ली पहिले 

अच्छा हम रखत बानी जी । 

अरे आइसे कैसे तोहके ना लागत बा की तू कुछ भुलात बाड़ू! 

हम भुलात बानी का बुलात बानी?

स्त्री डायन के बारे में याद रख सकेलू लेकिन ई ना याद बा की आज हमनी के शादी के सालगिरह ह।  

गलती हो गईल जी माफ कर दी तोहरे फिकर में हम त भुला गईल रहली। 

विशाल मुंह बनावत कहले,

अब भुला गईल रहलू त ओकर सजा मिली सजा खातिर तैयार ररिहा

रुपा प्यार से पूछली अच्छा त का सजा देबा।  

तोहार सजा ई

बा की आज रात भर तोहके जागे के पडी

रुपा शरमा जाली आऊर सरमा के बोलली तुहू ना कईसन कईसन बात करेला अरे अपने पत्नी से बात न करब त केसे करब। 


ठीक बा

आजा देर रात हो गईल बा इंतजार करत बानी 

आऊर रुपा फोन काट देहली


आऊर विशाल वापस से नदी पार करे लागल अबहीन विशाल एक दो कदम आगे बढ़ऊलन की उनके पायल क आवाज सुनाई देवे लगल

विशाल के लागल की उनके पीछे से कोई लड़की भागल ह पायल क आवाज सुन के विशाल जाहा रहले वहीं रुक गइले। 

आऊर पीछे मुड़ के देखे लगने जब ऊ पीछे मुड़ले त देखले त सिवाय अंधेरा के उनके कुछ दिखाई ना दीहलस उनकरे पीछे केहू ना रहल

ई हमार मेहरारू भी ना स्त्री डायन क नाम लेके हमरे मन में वहम डाल देहलस आऊर हमके ऊहे डरावाता 

लेकिन ऊ स्त्री डायन क बहुत चर्चा सुनले बानी सुनले बानी की बहुत सुंदर बिया आऊर ओकरे शरीर क बनावट सबसे अलग बा, अगर ऊ सच में होखें ल त एक बार हम्हू के मिले के चाहत बानी। 

येतना बोल के विशाल वापस से आगे बढ़े लागल विशाल मुश्किल से एक दो कदम चलल ही रहे की ओके नदी के किनारे एक काला साया लऊके लागल ऊ काला साया के देख के विशाल क कदम अपने आप रुक गईल ऊ काला साया के देख अईसन लागत रहे की ऊ विशाल के ही इंतजार करत रहल। 

काला साया के लगे से पायल के बजे के आवाज अऊर चमेली के खुशबू आवत रहे

विशाल क हाथ पैर कापे लागल विशाल डरात डरात कहलस कही रूपा क बात सच ना बा ई कही स्त्री डायन त ना हीआ? विशाल ऊ साया के देख के येतना डर गईल रहल की ओकर चेहरा पसीना से लथपत हो गईल। 

विशाल क हाथ पैर ठंडा पड़ गईल ओकर दिल जोरो से धड़के लागल ओकरा के समझ में ना आवत रहे की का करे। 

विशाल डरात डरात कहलस _क_क _क_कोन है वहा पर

लेकिन कौनो जवाब ना आवेला। 

सन्नता अभीनो रहल 

विशाल अपने मोबाइल के टार्च क रोशनी ऊ काला साया पर मारे लागल जब ऊ टार्च क रोशनी काला साया पर पड़ल त विशाल देखलस की ऊ काला साया केहू और क नाहीं बल्कि एगो लड़की

के रहल

नदी के किनारे एगो बहुत ही खूबसूरत लड़की खडा रहल जेकर उमर लगभग 24 साल आऊर लम्बाई 5फीट 2इंच रहल ओकर लंबी सी गर्दन गुलाबी होंठ बाल खुलल जोन की कमर तक आवत रहे। 

ओकर गोरा बदन आऊर गोरा बदन पर करिया साड़ी पहिने ऊ कवनो अपसरा से कम न लागत रहे। 

ऊ येतना खूबसूरत रहल की कवनो भी मर्द ओकर रूप देख के अपन सारा हद भुला के ओकरा बाह में मदहोश होखल चाहे। 

ऊ लड़की ईसारा से विशाल के अपने पास बुलावे लागल ऊ लड़की के देख विशाल भूल गईल की स्त्री डायन जईसन कवनो चीज भी होखे ले। 

विशाल आपन साइकिल वही छोड़ देहलस आऊर जल्दी जल्दी ऊ लड़की के लगे जाए लागल जाईसे ओकरे बदन में कवनो आग लग गईल हो। 

विशाल ऊ लड़की के लगे जाके ओसे पूछलस के होखू तू यहा का करत बाडू नाम का ह तोहार

लड़की अपने चेहरा पर मुस्कान लाके कहलस नाम में का रखल बा जवन रखल बा काम में रखल बा

कईसन काम ?

    (क्रमशः )... (to be continued!)

    1. अब क्या होगा विशाल के साथ...
    2. आखिर वो लड़की कौन है...
    3. आखिर कैसे एक सीधी सादी स्त्री बनी डायन इस कहानी के अनुसार

    लेखक: मनोज गोंड 
    अपडेट: 16 अगस्त 2023, 22:52

    अपने YouTube चैनल के लिए एक Free Sample Script मंगाने हेतु यहाँ Click करें...

    Script Title & Keywords:  woman to witch-Short Film Story, Horror movie

    Credits-Section: 


    Previous Post Next Post
    Your Advertisement can come here!