दहेज के विरोधी (Dahej ke virodhi - Short Film Script )
अपनी रचनायें भेजें: half.script.hindi@gmail.com

दहेज के विरोधी (Dahej ke virodhi - Short Film Script )


मध्यवर्गीय आदर्श परिवार

-----------------------

एक छोटा परिवार की कहानी पर नाटक

पात्र -माता -पिता दो भाई एक बहन, चार -पांच अन्य लोग

 पात्र करने वालों का नाम

**********************

पिता का नाम- राम रतन

माता का नाम सिया देवी

बड़ा भाई का नाम- नीरज

छोटा भाई का नाम -धीरज

बेटी का नाम शिवानी

अगुआ बनने के लिए चार पांच लोग

बड़ा बेटा हॉस्टल में रहकर पढ़ाई करत बा

पट खुलते ही

मां गायत्री मंत्र पढ़के अगरबत्ती हाथ में पूजा करत रहे ली

 छोटा बेटा के मास्टर साहब ट्यूशन पढ़ा रहलन बा

आउ बेटी अपने से पढ़ तिया

धीरज-(छोटा बेटा)__ये माई हम न पढ़म हमार पेट दुखाता

माई (सियादेवी)--चल ढेर झूठ मत बोल, तोरा पढ़ाई करेके के मन नईखे तब बहाना बनावत बाड़े? रोज-रोज के यही दशा बा तोड़...

जा मैदान लगल बा त करके आव जल्दी।

(छोटा बेटा बाथरूम चल जाता )

पैसा के अभाव में अभिभावक ,मां सिर्फ बेटा को ही ट्यूशन पढ़ाती है बेटी देखा देखी भाई के साथ रोज पढती है पर सर उसे कुछ भी नहीं बताते

बेटी अपने से पढ़ती ,सर को खाली बैठे देख बेटी सर से बोलती है।

बेटी (शिवानी) "सर जी तनी हमरा अंग्रेजी के ई वाला पैराग्राफ पढ के एकरा हिंदी में का होई बता दिहि न।" 

मास्टर साहब-अच्छा बता देब,जा आपन माई से कह कि तोरो ट्यूशन में नाम लिखा दीहन

फिरीये में पढ़बु?

(बेटी शिवानी मां से बोलती है)

माई हमरो ट्यूशन में नाम लिखा दे.....

माई-हमरा आतना पइसा नईखे की तोरो ट्यूशन पढ़ाईब...

तोरा के त हमही पढ़ा देब 

बेटी (शिवानी) बोलती है--तू, तू हमरा कइसे पढ़इबू माई तोहरा अंग्रेजी आवेला? 

माई सियादेवी--अंग्रेजी जान के का करबे ,का तोरा विदेश जाए के बा.....

बेटी (शिवानी )माई हमरो ट्यूशन में नाम लिखा दे बस

भइया के टियूशन पढ़ावे खातिर पइसा बा आउ हमरा खातिर नईखे..

 मां ( सियादेवी)-दुलार करते हुए बेटी के अपना में सटा के, अरे हमार बबुनी तोहरा खातिर खूब पढ़ल लिखल भउजाई ले आ देब त उ तोरा के पढ़इहे यहीं से तो पढ़ल लिखल पुतोहूं उतारे के बा हमरा..

बेटी -माई तब भइया के कब होई बिआह,

माई-अगला महीना

अगुआ आवता

दरवाजा खटखटा के- रतन बाबू बाडन हम अगुआ आएल बानी

    (क्रमशः )... (to be continued!)

    1. का समाज में बेटी के हुनर देखल जाला की पैसा? 
    2. का राम रतन अपना बेटा के दहेज़ लीहें?

    लेखक: पूजा ऋतुराज
    अपडेट: 27 जुलाई 2023, 22:52

    अपने YouTube चैनल के लिए एक Free Sample Script मंगाने हेतु यहाँ Click करें...

    Script Title & Keywords: Dahej ke virodhi, Short Film Script

    Credits-Section: janjwar


    Previous Post Next Post
    Your Advertisement can come here!