सांवर राजा (Saanvar Raja - भोजपुरी शार्ट फिल्म स्टोरी), Short Film Story
अपनी रचनायें भेजें: half.script.hindi@gmail.com

सांवर राजा (Saanvar Raja - भोजपुरी शार्ट फिल्म स्टोरी), Short Film Story

ई कहानी के शुरुवात गोरखपुर से होला, जहां एगो गरीब मजदूर के परिवार में एगो अईसन लइका के जन्म होला, जेकर जन्म लेहला से ओकर खुद के बाप ही खुश न रहेला।

बाप के लगेला की पहले से ही ओकर दूगो लइका और एगो लईकी बिया, और अब ई चौथा भी आ गइल, घर के खर्च बढ़ाए खातिर!

खैर, माई अपन ए लइका से सबसे ज्यादा प्यार करे और ऐकर नाम राजा रखलस। ओहके कवनो पंडी जी बतवले रहें कि राजा के किस्मत में राजा बने के जोग लिखल बा!

वोइसे राजा अपन नाम के बिलकुल ही विपरीत रहे... राजा एगो झुक के चले वाला, और सांवर रंग के इंसान रहे। हालाँकि, राजा स्वभाव से बहुत ही सरल और बहुत शांत रहे। राजा के बहुत ही सहज स्वभाव के चलते गांव में कुछ लोग ओकर मजाक भी बनावे। ए सब के चलते राजा कहीं न कहीं हीन भावना के शिकार भी हो गइल रहे। समय बितत चल गइल और राजा के माई बाबूजी भी अब बुढ हो गईलन लो। घर के जिम्मेदारी अब राजा के दूनो बड़ भाई उठावस लो, जिनकर शादी पहले ही हो गइल रहे। 

राजा के दुनो भाई आपन बूढ़ा माई बाप, राजा और आपन इकलौती बहन (फुलवा) के भी देखभाल ठीक से ना करा लो। राजा के दूनो भाई बहुत मतलबी और लालची किस्म के आदमी बनत जात रहलन। राजा के भी पढ़ाई अभी पूरा न भईल रहे। वोइसे, राजा पढ़े में बहुत ही होनहार विद्यार्थी रहलन, जेकर चलते उ आपन पढ़ाई गोरखपुर विश्वविद्यालय से छात्रवृत्ति के सहायता से ही करत रहलन। 

एक दिन गाँव के जीमदार साहब के राजा के बारे में पता चलल, त अपन बड़ बिटिया (सीमा) के ट्यूशन पढ़ाए खातिर राजा के दुनो भाई से बात कइलन। पैसा के लालची भाई तुरंत ही राजा के ट्यूशन पढ़ाए खातिर जीमदर साहब के घर भेज देहलन।

राजा के जो भी पैसा मिले ट्यूशन पढ़इला के, उ पईसा दूनो भाई आपस में बाँट ल सन। एक दिन गांव के ही राजा के दोस्त (अमन) राजा से एगो लेटर लिखवाए ला, और उ लेटर सीमा के देवे खातिर सीमा के छत पे चढ़ जाला, लेकिन सीमा अपन कवनो दोसर प्रेमी  संग छत पे पहले से ही रहे। सीमा छत पे अचानक अमन के देख के डर गईल, और चिल्ला देले। अमन भी डर जाला ओर लेटर छत पे ही फेक के भाग जाला। 

सीमा लेटर के उठा के देखलस त, ओमे लिखावट केहू और के ना, बल्कि राजा के ही रहेला। जीमदार साहब के जब इ बात के पता चलल, ता ऊ ओहि राती राजा के घर जाके सबके सामने राजा के बेइज्जत कर के ओकर ऊपर हाथ उठा देहलन। राजा ए सब सहन न पावेला, और रोज कॉलेज से आवत समय एक छोट रेलवे स्टेशन पर...

(क्रमशः )...... आगे .......

  1. अब आपन अपमान के राजा कईसे बर्दाश्त करी?
  2. सीमा और ओकर प्रेमी के राज़ खुली की ना खुली?
  3. राजा के लालची भाई लो के अत्याचार कब तक चली?
  4. का वास्तव में पंडी जी के भविष्यवाणी सच होई, और राजा के किस्मत खुली?


कहानी लेखक: तेज प्रकाश
स्टोरी अपडेट तिथि: 15 जुलाई 2023, 22:52

यह भी पढ़ें 👉: यूट्यूब चैनल चलाने के लिए 'महत्वपूर्ण संसाधन' (Checklist: Important Resources for YouTube Channel)

अपने YouTube चैनल के लिए एक Free Sample Script मंगाने हेतु यहाँ Click करें...

Script Title: Saanvar Raja, Short Film Story

You want a Sample Script for your YouTube Channel? Mail us with proper details at: half.script.hindi@gmail.com | or Click to Whatsapp us for a quick message! | We wrote for different industries, Click to Check...

क्या आप एक लेखक हैं? (किसी भी विधा में...) - Are You a Writer?

Previous Post Next Post
Your Advertisement can come here!