बेटी से इजोर भऽइल घर दुआर (Anjor - Bhojpuri Short Film Story)
अपनी रचनायें भेजें: half.script.hindi@gmail.com

बेटी से इजोर भऽइल घर दुआर (Anjor - Bhojpuri Short Film Story)


रीनीया (30) दूगो बेटी(डमकिया- 11, घेवनी- 9)के जन्म देवे के बाद तीसर बेटी(लूखिया-8 दिन)के जन्म देतिया। 

सास गंगा(70) के रीनीया के लगातार लईकी भईला से ओकर कोख नईखे सुहात। 

रीनीया के कोख के सास गंगा रात दिन ताना मारतिया। 

गंगा के पोता के चाहत बाटे। इस सब से परेशान होके रीनीया कबो कबो सोचऽतिया फंसरी लगा के मर जाईं।  डमकिय,घेवनी,लूखिया के मुंह देख के मरे के ख्याल आपन मऽन से निकाले पर मजबूर हो जातिया। 

भूलना (35, रीनीया के मरद) दिल्ली गईल बाटे, दूगो पईसा कमाए के खातिर। 

अईसे में घर के मुखिया गंगा बारी।

एक दिन गंगा रीनीया के बाजार जाए के कहऽतिया।

रीनीया लूखिया के ध्यान दिहऽब कह के बाजार चऽल

जातिया।डमकिया,घेवनी स्कूल गईल बारी।

रीनीया के बाजार गाईला के बाद गंगा आपन मन भूलावे के खातिर घर में बाहर से कुंडी लगाके दुःखनी काकी(80) के ईंहा चऽल जातिया।

लूखिया अचानक जाग जातिया। जोर जोर से रोअतिया। घर में केहू नईखे। रोवते रोवते लूखिया के गाला बाझ जाऽता। हल्लक से आवाज बंद हो जाता।

रीनीया बाजार से आवऽतिया। लूखिया के मुंह के बल गिरल देख के दउड़ के कोरा में उठावतिया। लूखिया के आँख मूनल बाटे। रीनीया आपन छाती पीट पीट के रोअतिया। गांव के ही एगो डाॅ० खदेरन(65)आवता।

लूखिया के नब्ज चेक कऽरता। कुछ देर बाद दुःखी स्वर में बबूनी अब ई दुनिया में नईखी कहऽता।

एतना सुन के रीनीया छाती पीट पीट के रोअतिया।

गाँव के औरत मरद से रीनीया के घऽर भर जाऽता।

गंगा घर में भीड़ देख के घबरा जातिया। दउड़ के घर आवऽतिया। 

रीनीया सास के जुलम के कहानी रो रो के लोगन के सुनावतिया। सब गंगा के थू थू कर के घर चऽल जाऽता।

डमकिया,घेवनी स्कूल से आवतिया। रीनीया के संगे संगे दूनू लईकी रोअतिया। 

रीनीया ई घटना भूलना के फोन से कहऽतिया। भूलना रीनीया के बात पर ध्यान ना दे के हम अगला सोमार के आवतानी कहऽता। 

रीनीया आपन दूनू बेटी के साथ ले के लूखिया के दाह संस्कार कऽर देतिया। सोमार के भूलना दिल्ली से घर आवता। गंगा झूठो साचो कह के भूलना के कान भर देतिया। माई के कहे पे भूलना रीनीया के गाली गलौज माड़ पीट कऽरता। रीनीया के सास आउर पति के जुलम बर्दाश्त ना भईल।अंत में दूनू बेटी के संगे आपन नईहर चऽल जातिया। 

नईहर गईला के बाद सास आउर पति के जुलम के कहानी रूक्मणी(59 रीनीया के माई)के बतावतिया। रूक्मणी आपन बेटी ,दूनू नतनी के बोझ उठावतिया। रीनीया आपन दूनू बेटी के खातिर मेहनत मजदूरी करतिया। रूक्मणी, डमकिया ,घेवनी के सरकारी स्कूल में नाम लिखवा देतिया।

दिनो दिन रीनीया के समय बदले लागल। एक दिन बाजार में डॉ खदेरन से रीनीया के मुलाकात होता। आ डॉ खदेरन रीनीया के बतावता कि भूलना दूसर बियाह कई ले ले बा.....

(क्रमशः )...... आगे .......

  1. आपन मरद के दूसर बियाह के सुन के रीनिया के दिल पर का गुजरी?
  2. अब रीनिया के दुनों बेटी के का होई?
  3. का गंगा के पोता होखे के सपना पूरा हो पाई?




कहानी लेखक: Praduman "Amit"
स्टोरी अपडेट तिथि: 16 जुलाई 2023, 22:29

अपने YouTube चैनल के लिए एक Free Sample Script मंगाने हेतु यहाँ Click करें...

Script Title: Anjor - Bhojpuri Short Film Story

You want a Sample Script for your YouTube Channel? Mail us with proper details at: half.script.hindi@gmail.com | or Click to Whatsapp us for a quick message! | We wrote for different industries, Click to Check...

क्या आप एक लेखक हैं? (किसी भी विधा में...) - Are You a Writer?

Previous Post Next Post
Your Advertisement can come here!