'जस करनी, तस भोगही दाता' - Jas Karni - Short Film Script
अपनी रचनायें भेजें: half.script.hindi@gmail.com

'जस करनी, तस भोगही दाता' - Jas Karni - Short Film Script

Scene – 1
Location – चौराहा
Time –  शाम के  6  बजे
Cast – नौकर ,मालिक ,मैडम ,अंगरक्षक 

मालिक -अरे ई कौन है रे?

नौकर - नया SDM है मालिक.

मालिक -ई केकरा के छोड़ले बिया?

नौकर -सेनुर त माँग में नहीं बुझा रहा है मालिक.. लगता है कुंवारे है, माइये बाप के छोड़ले होखी! पूछी का !

मालिक -चल भाग इहाँ से हम खुद ही पूछ के देखीला  

मालिक - ऐ मैडम

एगो बात पूछी?

मैडम -पूछो

रउआ केकरा के छोड़ले बानी !

मैडम -तोरा पूछे के का मतलब बा

मालिक - मतलब त जे बा से बरले बा, लेकिन केहूँ ना केहूँ के तs छोड़ले जरुरे होखेम

मैडम – हम बुझनी ना, तू केकरा छोड़े के बात करत बारs. साफ – साफ बोलs, डेरा मत, हम SDM बानी ओसे का..? तू पूछ सकेलs, जे तू पूछे के चाहत बारs. लेकिन गोल मोल घुमाके ना , साफ – साफ पूछs.

मालिक – रउआ अपन ई बॉडीगार्ड से मार ना नू खियाईब, जेल में ना नू रर्खाइब, पहिले प्रौमिस करीं, तबे हम साफ – साफ पुछब!

मैडम – प्रोमिस बा, तोरा केहूँ कुछ ना करीं, अब पूछs, ना तs बिना पुछले सूने लगबs  

मालिक – ना ना ऐ मैडम, पुछिला...  

हमर पूछे के ई मतलब रहें कि रउआ केकरा छोडले बानी? माने बेटी होखेम त माई बाप के छोड़ले होईब, पत्नी होखेम तs पति के... माने रउआ केकरा छोडले बानी

मैडम – हम काहे खातिर केहूँ के छोड़ेम रे?

मालिक – काहे से कि आजकल केहूँ ना केहूँ के छोड़े के ट्रेंडे नू चलल बा. सरकारी पद में नशे नू अतना होला कि आजकल के पीढ़ी से बरदासे ना होला! एही से कन्फर्म करत रही ऐ मैडम, कि रउआ केकरा छोडले बानी

मैडम - अच्छा ई बात बा ,तू कन्फर्म करे के चाहत बाड़s, तs अच्छा ई बतावs, तू काहे खातिर कन्फर्म करे के चाहत बाड़s, तू देश चलाबेलs, कि तू ई एरिया के गुंडा हउअ, तू का  हउअ?

(मलिकबा के बुद्धि सही बक्त पर काम कईलस, मलिकबा बुझ गईल कि आज तs पिटइबे करब, आज केहूँ हमरा ना बचाई, रील आ मिम्स से मिलल जोश अइसे ठंडा होई, अनुमाने ना रहे... एही से बचे खातिर मैडम से बोललस)

मालिक – ना ना ए मैडम, रउआ हमर बात के बुरा ना मानी, हम एगो सभ्य आदमी हई, बाकी सोशल मिडिया पर SDM कांड पर बनल अतना ना मिम्स, रील, वीडियो देख लेले बानी कि हमर देखे के नजरिये बदल गईल बा, हम हर उ नारी के जे कौनो सरकारी पद पर बारी सन, ओकरा देखिएके हमरा डाउट हो जाता कि ई जरुरे केहूँ ना केहूँ के छोड़ले होखी, एही से आपन डाउट के क्लियर करे खातिर, रउआ से पुछ लेलें बानी, आउरो कौनो बात नईखें, काहे से कि केहूँ बेअपराध महिला के उहें नजर से देखल पाप होई, आ हम पाप करें के चाहेनी ना, बस इहे कारण हम रउआ से पूछे के हिम्मत कईने रहीं...

... ना तs हम जानीला ए मैडम कि केहूँ अधिकारी से कईसे बात कईल जाला, रउआ हमरा पुछला से तकलीफ भईल ओ खातिर हम रउआ से हाथ जोड़के माफी मांगीला!

(मैडम से ई कुल्ही बात कहिके मलिकबा बुझलस कि उ मैडम के आसानी से बुरबक बनाके घसक जाई, लेकिन मैडम तs खुदे पढल लिखल रहली, एही से मलिकबा के सब दांव के बन्हिया से समझत - आ बुझत रहली, एही से मलिकबा के जात देखिके मलिकबा से कहली)

मैडम - जात कहाँ बाडs ,आपन डाउट क्लियर कलs, तs जईहs ...

मालिक – ना ना ए मैडम छोड़ी जाये दीं

मैडम – ना ना जानs लs... 

....... .......

  1. मैडम, मलिकवा के का बताई?
  2. आगे का होई, मैडम मलिकवा के बख्शी की ना?
  3. एगो प्रशासनिक पद पर पदस्थापित महिला के साथ दुर्व्यवहार के का परिणाम निकलीं?

    (क्रमशः )...... आगे .......

    लेखक: विश्वरंजन चौधरी
    अपडेट: 17 जुलाई 2023, 20:09

    इन सभी सवालों के जवाब पाने और अपने चैनल के लिए इस कहानी पर शार्ट फिल्म बनाने के लिए @HalfScript टीम से संपर्क करें.


    यह भी पढ़ें 👉: यूट्यूब चैनल चलाने के लिए 'महत्वपूर्ण संसाधन' (Checklist: Important Resources for YouTube Channel)

    अपने YouTube चैनल के लिए एक Free Sample Script मंगाने हेतु यहाँ Click करें...

    Script Title: Jas Karni - Short Film Script, SDM Controversy related Script, Jyoti Maurya - Alok Maurya Film Script

    You want a Sample Script for your YouTube Channel? Mail us with proper details at: half.script.hindi@gmail.com | or Click to Whatsapp us for a quick message! | We wrote for different industries, Click to Check...

    क्या आप एक लेखक हैं? (किसी भी विधा में...) - Are You a Writer?

    Previous Post Next Post
    Your Advertisement can come here!