माई - (Mai - Bhojpuri Short Film Story)
अपनी रचनायें भेजें: half.script.hindi@gmail.com

माई - (Mai - Bhojpuri Short Film Story)

1:-

लइका हमार रोव ता ,

लगता हमार लाल के

भूख लागल बा |

अरे हमार लाल ,

तोहरा भूख लगल बा |

आव हमरा अचरा तले तोहके दुध पिया दी |


लइका

रे माई

बढ़ा जोर के भूख लागल बा |

खाना दे ना |

माई

खाना परोस के

हमार बेटा के भूख लागल बा ,

हम अपना हाथ से खियैब |


2:-

लइका ( अपना मेहरारू से )

माई के खाना देह्लू  ह की ना ?

मेहरारू - देहनी ह , नइखी खात

दूध - दही चाही , ए तरे इ ना खैहन |


लइका

बूढ़वती  में एकरो मन लुब-लुबाता |

दूध - दही चाही , आपन रूप नइखी देखत |

बिठाल - बिठाल दुगो रोटी मिलता त ,

चर्बी चढ़ गइल बा |

 

लइका ( मेहरारू से )

कही द की खैहन त खास ना त

अहि तरे सूत जास |


लइका ( मेहरारू से )

चल हमके खाए के द |

ह सुन झोरवा में दुगो रसगुला होई लेले आइह |

हम त खइले बानी तू दुनो खा जइह |

ढेर दिन से तोहरा के रसगुला ना लिआइल रहनी ह |

निक लागी त काल फेर ले के आइब |


मेहरारू -

माई के तनी दे दी ?

लइका- ना , कालह फेर मांगे लागी ...

... ...

लेखक: जितेन्द्र कुमार "देव"
अपडेट: 21 जुलाई 2023, 15:43

अपने YouTube चैनल के लिए एक Free Sample Script मंगाने हेतु यहाँ Click करें...

Script Title & Keywords: Mai - Bhojpuri Short Film Story, Mother - Son Relations,

Credits-Section: 


Previous Post Next Post
Your Advertisement can come here!