अंत भला त सब भला - (Bhojpuri Short Story)
अपनी रचनायें भेजें: half.script.hindi@gmail.com

अंत भला त सब भला - (Bhojpuri Short Story)

"बाबूजी, बाबूजी इ देखी हमके स्कूल मे आज मेडल मिलल बा !"
चहके लगली रानी ।

"ठीक बा जा इहा से...!"  इ कुल हमके न देखावल कर! झल्लाते बोल पड़लन बाबूजी। 

तबे शिखा दिदी अइली आ बाबूजी से लिपट गइली।

"बाबूजी ,हम आज रेस में फस्ट आइल बानी!"

"वाह बेटी! तब त नया फ्राक पक्का।

"हां, और चाकलेट भी।"

बिल्कुल बेटी।

रानी अपनी कमरा में गइली अउरी औंधे मुंह लेट गइली! 

"कहां बाड़ी हमार रानी बिटिया? तोहरे पसंद के गाजर के हलवा...इ देख ,, मनावे लगली माई ! 

"हम कुछ न खाएब माई तु हमके अकेले छोड़ द!" रुवासी हो गइली रानी! 

माइ आपन आंसू छुपावत बाहर चल गइली, इ कवनो पहली बार ना रहे... रानी रोज ये ब्यवहार से ब्यथित होली, आ  बिना खइले रोवत सुत जाली ।

अगले सुबह दुनू बहिन खातिर बाबूजी फ्राक आ चाकलेट ले अइले, रानी चहके लगली...-"वाह!  बाबू जी बहुत सुंदर बा!" 

बाबू जी बिना कुछ बोले दुवारे चल गइलन! 

एही उपेक्षा में रानी के बचपन बीत गइल, सब कुछ बाबूजी से मिलल सिवाय उनका प्यार के।

आज बस में से कुमकुम अपनी बाबूजी के देखली बाबूजी मूंगफली खात रहले...

"बाबूजी...!"आवाज देहली कुमकुम ! 

"अरे बेटी इ ल...!" बाबू जी कुमकुम के मुंगफली के पैकेट पकड़ा देहले।

तभी कुमकुम बोल पड़ली, 

"उ देख रानी तोहार बाबूजी, चाट वाला की पास।"

"रानी भी आवाज देहली-" बाबूजी...!" 

पर उ सुन कर अनसुना कर देहलन और उहां से हट गइलन।

रानी के आंख भर आइल ! 

"इ ल तु मुगफली खा...।"

कुमकुम बोल पड़ली! 

"नाहीं कुमकुम, खाए के मन नइखे! 

दुनू लोग अपनी घरे अइली।

"माइ! काहे रानी से उनकर बाबूजी बात ना करे लन? कुमकुम अपनी माइ से पुछली ! 

"बाप रहतन तब त बात करतन !" कुमकुम माइ के बात सुन के अवाक् रह गइली!

कुछ पूछल चहली त माइ टाल दिहली! 

"बेटी केहू और के बात ना कइल जाला, तू आपन पढाइ कर!"

पर कुमकुम के पढे में मन ना लागल, आ मौका पाते उ रानी से इ बात बता देहली ! 

रानी के दिमाग में उथल पुथल मचे लागल! 

अब रानी बालिग हो गईल रहली... उनका इ जानल जरूरी हो गइल... आ उ माइ से कइ गो बात पूछे लगली ...!

आज माई रानी के जिद के आगे हार गइली आ फफक कर रोवे लगली... बड़ी मुश्किल से बतावल शुरू कइली-

    (क्रमशः )... (to be continued!)

    1. के रहे रानी के असली बाप?
    2. बालिग़ उम र में रानी के जिनिगी में सुख बा कि दुखे लिखल बा?
    3. दूनो बहिन के बीच में सच्चाई जानला के बाद का फरक पड़ी?

    लेखिका: उर्मिला
    अपडेट: 18 जुलाई 2023, 09:21

    अपने YouTube चैनल के लिए एक Free Sample Script मंगाने हेतु यहाँ Click करें...

    Script Title & Keywords: Ant Bhala, Sab Bhala - Bhojpuri Short Story

    Credits-Section:Image by Freepik

    Previous Post Next Post
    Your Advertisement can come here!